बुजुर्ग लोग खातिर कवन 3 Vitamins फायदेमंद हो सकता?
आईं आज बात कईल जाव कि कईसे अलग-अलग प्रकार के Vitamin B कइसे बुजुर्ग के शरीर के मजबूत अवुरी स्वस्थ राखेला।
त आईं बिना देरी कइले शुरुआत कइल जाव!
Vitamin B5 (Pantothenic Acid)
त आईं सबसे पहिले Vitamin B5 के बारे में जानल जाए। एकरा के Pantothenic Acid भी कहल जाला। जईसे-जईसे उमर बढ़ेला, थकान जल्दी महसूस होखे लागेला अवुरी शरीर के फूर्ति भी कम हो जाला।
लेकिन Vitamin B5 खाना के ऊर्जा में बदल के बुजुर्ग लोग के अवुरी सक्रिय अवुरी फुर्तीला राखे में मदद करेला।
इहे ना, इ शरीर में melatonin hormone के उत्पादन में भी मदद करेला, जवन कि चिंता के कम करेला अवुरी दिमाग के शांत राखेला। एहसे बुजुर्ग लोग के हरियर सब्जी, शकरकंद, अंडा अवुरी दही खाए के सलाह दिहल जाला, ताकि शरीर में Vitamin B5 भरपूर मात्रा मिल सके।
Vitamin B6 (Pyridoxine)
अब Vitamin B6 के बारी बा जवना के Pyridoxine भी कहल जाला। बुढ़ापा में प्रतिरक्षा कमजोर हो जाला, जवना के चलते बुजुर्ग लोग जल्दी बेमार हो जाला। लेकिन, Vitamin B6 प्रतिरक्षा प्रणाली के मजबूत करेला अवुरी संक्रमण से लड़े के शक्ति भी बढ़ावेला।
एकरा अलावे इ न्यूरोट्रांसमीटर के ठीक से काम करे में मदद करेला, जवना से Alzheimer’s जईसन बेमारी के खतरा कम हो जाला।
Vitamin B6 शरीर में Homocysteine नाम के एगो अमीनो एसिड के कम करेला, जवन कि बुजुर्ग में दिल के दौरा, डिमेंशिया अवुरी स्ट्रोक के खतरा भी कम करेला। एहसे केला, चना, पालक, मछरी आ आलू के बुजुर्ग लोग के खानपान में शामिल करे के पड़ेला।
Vitamin B6 (Biotin)
अब आईं Vitamin B6 के बारे में जानल जाव जवना के Biotin भी कहल जाला। बाल, त्वचा अवुरी नाखून के स्वास्थ्य खाती इ बहुत जरूरी बा।
उमर बढ़ला के संगे बाल गिरे लागेला अवुरी त्वचा भी सूखे लागेला। लेकिन बायोटिन ए सभ समस्या के कम करे में मदद करेला!
एकरा अलावे इ शरीर में मौजूद कार्बोहाइड्रेट, फैट अवुरी प्रोटीन के ऊर्जा में बदल देवेला, जवना से बुजुर्ग लोग के दिन भर सक्रिय रहे में मदद मिलेला। त, बुजुर्ग लोग के बायोटिन से भरपूर खाद्य पदार्थ जईसे बादाम, अखरोट, अंडा, शकरकंद अवुरी दूध खियाईं।
एतने ना, बुजुर्ग के शरीर के मजबूत अवुरी स्वस्थ बनावे खाती संतुलित आहार बहुत जरूरी बा।
लेकिन, जदी खाना से विटामिन बी ना मिले, त डॉक्टर से सलाह लेला के बाद मल्टीविटामिन के सप्लीमेंट भी लिहल जा सकता।
Source:-1. https://www.nhs.uk/conditions/vitamins-and-minerals/
2. https://www.ageuk.org.uk/information-advice/health-wellbeing/healthy-eating/vitamins-for-older-people/
3. https://www.nhs.uk/conditions/vitamins-and-minerals/others/
4. https://www.webmd.com/healthy-aging/what-to-know-about-multivitamins-for-seniors
5. https://www.webmd.com/healthy-aging/ss/slideshow-aging-vitamins-older-people
ई जानकारी मेडिकल सलाह के विकल्प ना ह। अपना इलाज में कवनो बदलाव करे से पहिले अपना स्वास्थ्य सेवा प्रदाता से सलाह लीं। मेडविकी पर देखल भा पढ़ल कवनो बात के आधार पर पेशेवर चिकित्सा सलाह के अनदेखी भा देरी मत करीं.
हमनी के खोजीं पर: