Food Poisoning के घरेलू उपाय | बिना दवाई के राहत पावे के कारगर तरीका!

जब भी हमनी के कवनो अइसन चीज खानी जा जवना में बैक्टीरिया, वायरस, फंगस भा परजीवी जइसन छोट-छोट कीटाणु होखे त हमनी के उल्टी होखे लागेला भा दस्त होखे लागेला आ एह स्थिति के Food Poisoning कहल जाला। लेकिन अगर Food Poisoning हो गईल त घबराए के जरूरत नईखे। घर में इ 4 सरल उपाय अपना के राहत मिल सकता। 

 

आईं एक-एक करके एह 4 उपाय के बारे में समझल जाव।

ORS (Oral Rehydration Solution) पीये के चाही

अगर उल्टी भा दस्त बार-बार हो रहल बा त ORS लेवे के बहुत जरूरी बा। ORS एक तरह के पाउडर ह, जवन पानी में मिला के पीयल जाला। इ शरीर में पानी अवुरी जरूरी खनिज के कमी के पूरा करेला। अगर घर में ORS ना मिले त ओकरा में एक चम्मच चीनी अवुरी एक चुटकी नमक मिला के एक गिलास पानी भी पी सकतानी। एकरा से ताकत भी मिलेला।

ORS के अलावे एकर एगो अवुरी उपाय बा सादा पानी पीये के।

अगर एके बेर में ढेर पानी ना पी सकेनी त धीरे-धीरे, एक-एक घूंट पी सकेनी। एहसे डिहाइड्रेशन ना होई अवुरी आपके निमन लागी।

 

हल्का आ साधारण खाना खाईं

जब रउरा तनी ठीक होखे लागी त धीरे-धीरे हल्का अवुरी साधारण खाना खाए के शुरू करीं! एके बेर में ढेर भा भारी खाना ना खाईं!

एके बेर में बहुत सारा खाना खईला से पाचन तंत्र प दबाव पड़ सकता अवुरी उल्टी चाहे पेट में दर्द फेर से शुरू हो सकता। एहसे कम मात्रा में खाना खाईं, ताकि पेट के आराम से खाना पचावे के समय मिले। एह दौरान साबुत गेहूं के टोस्ट, बिस्कुट, केला आ चावल खाइल बढ़िया रही। टोस्ट अवुरी बिस्कुट पचावल आसान होखेला अवुरी पेट में राहत मिलेला। केला खईला से ऊर्जा मिलेला अवुरी कमजोरी दूर हो जाला।

चावल पचावे में हल्का होखेला अवुरी पेट के कवनो नुकसान ना करेला। इ सभ चीज़ खईला से पेट में राहत मिली अवुरी Food Poisoning भी जल्दी ठीक हो जाई।

 

हानिकारक चीजन से बचे के चाहीं

अगर रउरा Food Poisoning होखे त शराब बिल्कुल ना पीये के चाहीं. एकरा से शरीर अवुरी कमजोर हो सकता। चाय अवुरी कॉफी जईसन कैफीन वाला चीज़ मत पिए के चाही, काहेंकी एकरा से पेट अवुरी खराब हो सकता।

कोल्ड ड्रिंक भा गैस वाला कवनो चीज़ न पीये के चाही, काहेंकी एकरा से पेट में गैस जादा हो सकता अवुरी आपके समस्या भी बढ़ सकता। मसालेदार अवुरी तले वाला खाना जादा मत खाईं, काहेंकी एकरा से पेट में जलन अवुरी दर्द बढ़ सकता।

 

आराम करीं

सबसे आसान उपाय आराम कईल बा। Food Poisoning से हमनी के शरीर कमजोर हो जाला। हमनी के पेट में दर्द होखे लागेला अवुरी बहुत थकान महसूस होखेला।

एही से आराम कईल बहुत जरूरी बा। बहुत ज्यादा हिलल-डुलत भा काम कइला से हालत अउरी खराब हो सकेला. अगर शरीर के आराम मिली त पाचन तंत्र के भी आराम मिली अवुरी जल्दीए आपके ठीक हो जाई।

अगर ई घरेलू उपाय सही तरीका से अपनावल जाव त Food Poisoning से जल्दी राहत मिल सकेला. बस शरीर के आराम दीं, पानी पीयत रहीं आ हल्का खाना खाईं. 

 

अगर अबहियों राहत नइखे मिलत भा हालत अउरी खराब लागत बा त डाक्टर से जरूर सलाह लीं.

 

Source:- 1. https://www.niddk.nih.gov/health-information/digestive-diseases/food-poisoning/definition-facts 

2. https://www.niddk.nih.gov/health-information/digestive-diseases/food-poisoning/symptoms-causes 

3. https://www.niddk.nih.gov/health-information/digestive-diseases/food-poisoning/eating-diet-nutrition 

4. https://newsinhealth.nih.gov/2024/12/preventing-food-poisoning 

5. https://newsinhealth.nih.gov/2014/07/fight-food-poisoning

अस्वीकरण के बा:

ई जानकारी मेडिकल सलाह के विकल्प ना ह। अपना इलाज में कवनो बदलाव करे से पहिले अपना स्वास्थ्य सेवा प्रदाता से सलाह लीं। मेडविकी पर देखल भा पढ़ल कवनो बात के आधार पर पेशेवर चिकित्सा सलाह के अनदेखी भा देरी मत करीं.

हमनी के खोजीं पर:
sugar.webp

प्रेरणा त्रिवेदी

Published At: Apr 22, 2025

Updated At: May 12, 2025