डेंगू : लक्षण, रोकथाम, आ इलाज!
डेंगू एगो वायरल संक्रमण ह जवन मच्छर (Aedes aegypti) से मनुष्य में फइल जाला!
जवन मुख्य रूप से कंटेनर में पानी के संग्रह में प्रजनन करेला।
डेंगू के लक्षण: गंभीर सिरदर्द, तेज बोखार (आमतौर 104°F के आसपास), मांसपेशी अवुरी जोड़ में दर्द,उल्टी, त्वचा प दाना चाहे चोट अवुरी आंख के पीछे दर्द कुछ आम लक्षण ह।
डेंगू से बचाव के तरीका: एह बेमारी के कवनो टीका नइखे।डेंगू फइलावे वाला मच्छर दिन के समय सक्रिय रहेला। रउआ अयीसन कपड़ा पहिने के होई जवन कि आपके शरीर के जादा से जादा ढंक देवे,दिन में सुते के समय मच्छरदानी के इस्तेमाल करे के चाही,मच्छर भगावे वाला दवाई (जवना में DEET, Picaridin चाहे IR3535 होखे) के इस्तेमाल करे के होई,coil अवुरी vaporiser के इस्तेमाल करे के होई,हर समय खिड़की के पर्दा के इस्तेमाल करीं, पानी के भंडारण के बर्तन के हर हफ्ता ढक के खाली करीं आ साफ करीं,ठोस कचरा के सही तरीका से हटाईं, कवनो ठहरल पानी के तालाब भा बर्तन ना होखे दीं, काहे कि मच्छर ठहरल पानी में अंडा देला,बाहरी पानी के भंडारण के बर्तन में उचित कीटनाशक लगाईं
डेंगू के इलाज: हालांकि डेंगू के कवनो खास इलाज नईखे, लेकिन सिर्फ लक्षण के इलाज प ध्यान दिहल जाता। दर्द के नियंत्रित करे खातिर अक्सर पेरासिटामोल के इस्तेमाल कईल जाला। Non-steroidal anti-inflammatory दवाई से परहेज कईल जाला, काहेंकी एकरा से खून बहे के खतरा बढ़ जाला।हालांकि कुछ गंभीर मामला में अस्पताल में भर्ती होखे के भी जरूरत होखेला।
Source:- https://www.who.int/news-room/fact-sheets/detail/dengue-and-severe-dengue
ई जानकारी मेडिकल सलाह के विकल्प ना ह। अपना इलाज में कवनो बदलाव करे से पहिले अपना स्वास्थ्य सेवा प्रदाता से सलाह लीं। मेडविकी पर देखल भा पढ़ल कवनो बात के आधार पर पेशेवर चिकित्सा सलाह के अनदेखी भा देरी मत करीं.
हमनी के खोजीं पर: