मलेरिया: लक्षण, रोकथाम, आ इलाज के टिप्स!
मलेरिया, पानी से पैदा होखे वाला बेमारी,कुछ किसिम के संक्रमित मादा मच्छर (Anopheles मच्छर) सभ द्वारा मनुष्य में फइल जाले।
हालाँकि, खून चढ़ावे आ दूषित सुई से भी मलेरिया के संक्रमण हो सके ला। मलेरिया के लक्षण : आमतौर पर मच्छर के काटला के 10-15 दिन बाद लक्षण शुरू हो जाला।
लक्षण हल्का या से अलग-अलग हो सकता इहाँ तक कि जानलेवा भी।हल्का लच्छन में बोखार, ठंढा आ सिरदर्द सामिल बा,जबकि गंभीर लच्छन में थकान, दौरा, भ्रम, पेशाब करिया, पीलिया आ साँस लेवे में दिक्कत सामिल बा।
मलेरिया से कइसे बचावल जा सकेला :
मच्छर के काटला से बचे आ दवाई से मलेरिया से बचाव कइल जा सकेला।समय पर इलाज से हल्का केस के खराब होखे से रोकल जा सकेला।जवना इलाका में मलेरिया आम बा, ओहिजा जाए से पहिले chemoprophylaxis जईसन दवाई लेवे खाती अपना डॉक्टर से सलाह लीही।
अयीसन कपड़ा पहिनीं जवन कि आपके शरीर के जादा से जादा ढंक देवे,सुते के समय मच्छरदानी के इस्तेमाल करीं,मच्छर भगावे वाला दवाई (जवना में DEET, Icaridin चाहे IR3535 होखे) के इस्तेमाल करीं,कॉइल अवुरी वैपराइजर के इस्तेमाल करीं, अवुरी हर समय खिड़की के कवर के इस्तेमाल करीं।
मलेरिया के इलाज :
मलेरिया के रोकथाम आ इलाज खातिर कई गो दवाई के इस्तेमाल होला। राउर डॉक्टर रउआँ खातिर एह आधार पर चुनीहें: - मलेरिया के प्रकार,मलेरिया के परजीवी कवनो दवाई के प्रतिरोधी होखे कि ना,मलेरिया से संक्रमित व्यक्ति के वजन या उम्र,उ व्यक्ति गर्भवती बा कि ना।
मलेरिया के कुछ सबसे आम दवाई ह:
Artemisinin आधारित संयोजन चिकित्सा दवाई: P falciparum malaria के इलाज में प्रभावी,
Chloroquine: P vivax परजीवी के संक्रमण के इलाज में सिर्फ प्रभावी होखेला,
Primaquine: P vivax and P ovale परजीवी के संक्रमण के रिलैप्स रोके खातिर मुख्य इलाज में मिलावल जाला। इस्तेमाल होखे वाला अधिकतर दवाई गोली के रूप में होखेला। कुछ लोग के कुछ खास इंजेक्शन खाती अस्पताल जाए के जरूरत पड़ सकता।
Source:-https://www.who.int/news-room/fact-sheets/detail/malaria
Source:- 1. https://www.who.int/news-room/fact-sheets/detail/malaria
ई जानकारी मेडिकल सलाह के विकल्प ना ह। अपना इलाज में कवनो बदलाव करे से पहिले अपना स्वास्थ्य सेवा प्रदाता से सलाह लीं। मेडविकी पर देखल भा पढ़ल कवनो बात के आधार पर पेशेवर चिकित्सा सलाह के अनदेखी भा देरी मत करीं.
हमनी के खोजीं पर: